Showing posts with label भारतीय सेना. Show all posts
Showing posts with label भारतीय सेना. Show all posts

Thursday, September 10, 2015

परमवीर अब्दुल हमीद के शहीद दिवस पर उन्हें हार्दिक नमन....

सननन गोली चले चले बम गनवा हो
सुनि के करेजा धड़के ला परनवा हो

पाक नाहीं पाकी कइलस
देश साथ घात कइलस
चोरी चोरी बॉडर लंघलस
घुसपैठी हमला कइलस
डोंगराई क्षेत्र रहल बारिश क महीनवा हो
सनसन...

अब्दुल हमीद जइसन देश क पहरेदार रहलन
तन मन दिल से ऊ त भारतमां क लाल रहलन
छाती में गोली लागत तब्बौ मोर्चा नाहीं छोड़लन
हाथ हथगोला से ही पैटनटैंक उड़ाइ देहलन
देशवा के शान खातिर  देलेन आपन जनवा हो
सननन....

जय हो बहादुर अब्दुल तोहसे देशवा निहाल भइल
तोहरे जनम लेहला से माटी गाजीपुर क तरि गइल
अमर हउअ सबके दिल में बस देहियां शहीद भइल
तोहरे बहादुरी क गाथा, हर भारतीय हरदम गाइल
नाम तोहार रही अमर जब तक रही ई देशवा हो
सननन.. ....

-देवेंद्र दत्त मिश्र